Domain Regd. ID: D414400000 002908407-IN Editor - vinayak Ashok Jain (Luniya) 8109913008

Please Play for Watching SD News Live TV (News + Entertainment)


आज विश्व स्वास्थ्य दिवस ह आ विडंबना देखीं कि स्वास्थ्ये के लेके सभे चिंता आ दहशत में बा. कोरोना सम्पूर्ण विश्व के मानव जाति खातिर सुरसा के मुंह लेखां बढ़ले जाता. साल 2019 में चीन में पैदा भइल कोरोना वायरस भारत में मार्च महीना से आपन अइसन प्रकोप बढ़वलस कि पूरा देश रुक गइल आ देश के लोग घर में लुका गइल. साल 2020 में कोरोना के रोके खातिर लागल लॉकडाउन में लोग खूब हलकान भइल, बिजनेस ठप भइल, बहुत लोग के नौकरी चाकरी छूटल, बहुत लोग अधिया-चौथाई पर वर्क फ्रॉम होम करे लागल आ कहीं-कहीं अर्थव्यवस्था के रफ्तार साफे रुक गइल. कसहूँ साल बीतल. कोरोना के मार कम भइल. नया साल आइल आ ओकरा साथे आइल वैक्सीन के सौगात त लागल कि 2020 के नामे मुड़ी अइंछ के ढेला फेंक दिहल जाव आ 2021 हँसी-ख़ुशी से गुजारल जाव बाकि आहि दादा, ई त फेर लवट के आ गइल आ फेर चारु ओर लॉकडाउन भा नाइट कर्फ्यू लागे लागल. अब का करीं ए चनेसर ?पिछला साल जब लोग घर में जानवर जइसन कोंचाइल त ओकरा मरम बुझाइल कि खूँटा में बन्हाइल गाइ-गोरू आ घर सम्हारे वाली औरत कइसे एगो चारदीवारी में रहि के जिनगी गुजारेली. जब घर में पटाइल-पटाइल मन अगुता गइल त लोग के मनोरंजन के बड़ा जरूरत महसूस भइल. इंसान के मूलभूत आवश्यकता में स्वास्थ्य के बाद मनोरंजने के स्थान बा. एही से लोग तरह-तरह से अपना के खुश करे के मौका ढूँढे लागल. लोग बाहर ना जा सकत रहे त घरे टीवी आ मोबाईल पर मनोरंजन खातिर फिल्म, सीरियल देखे लागल. एही से सैटेलाइट टीवी आ डिजिटल प्लेटफॉर्म कुल के बहार आ गइल. नया सीरियल के शूटिंग बंद हो गइल रहे, एह से पुरनका धारावाहिक जइसे रामायण, महाभारत खूब चाव से देखल गइल. फिलिम के शूटिंग भी बंद रहे आ सिनेमाहॉल भी बंद त ना नया फिलिम बनल आ ना बन चुकल फिलिम के प्रदर्शन भइल.

2020 में कई गो हिन्दी, भोजपुरी, तमिल, तेलुगु फिल्मन के ट्रेलर रिलीज भइल बाकिर प्रदर्शन रुक गइल. जइसे अक्षय कुमार, कैटरीना कैफ के बहुप्रतीक्षित फिल्म सूर्यवंशी के प्रदर्शन अनिश्चित काल खातिर टाल दिहल गइल आ एह साल फेर निर्माता लोग सुगबुगाइल ह लोग तले फेर कोरोना दांत चियार के आ गइल. हालांकि पिछला साल कई गो फिलिम के डिजिटल पर रिलीज कर दिहल गइल बाकिर बड़ बजट के फिल्मन के साथे समस्या बा कि ओकरा के खरीदल ओटीटी प्लेटफ़ॉर्म खातिर संभव नइखे. बड़का फिलिम कुल टिकट खिड़किए पर कलेक्शन कर सकेली. अइसहीं दिनेश लाल यादव निरहुआ के फिल्म रोमियो राजा के ट्रेलर रिलीज हो गइल, ओकर गाना आ के बवाल मचा देहले सन बाकिर फिल्म सिनेमा के मुंह ना देख पवलस. ऊ एह साल होली पर रिलीज भइल ह. होलिए पर रिलीज भइल खेसारी लाल यादव के फिल्म ‘सइयां अरब गइले ना’, जवना के ट्रेलर लॉकडाउन के समय रिलीज कइल गइल, एह आशा में कि जइसे लॉकडाउन हटी फिल्म सिनेमाहॉल के मुंह देखी.
साउथ के कई गो फिल्म जवन लॉकडाउन खतम होते आ सिनेमाहॉल के खुलते रिलीज भइली ह सन आ अच्छा व्यवसाय कइली ह सन, ओमें सुपरस्टार विजय के फिल्म मास्टर बा जवन आवते निर्माता, सिनेमाहॉल मालिक, डिस्ट्रीब्यूटर आ ट्रेड पंडित के सुकून देहलस. लोग के लागल कि अब सब कुछ नीक हो जाई. एही चलते बड़का-बड़का फिल्मन के टीज़र-ट्रेलर रिलीज भइल ह, जइसे कि आलिया भट्ट के गंगू बाई कठियावाड़ी, यश के केजीएफ चैप्टर दो, अमिताभ बच्चन, इमरान हाशमी के चेहरे, अभिषेक बच्चन के बिग बुल आदि के जलदिए सिनेमाहॉल में प्रदर्शन के घोषणा सुन के दर्शक लोग खूब खुश भइल ह. बाकिर अब जवन हालात बनत बा आ एक-एक दिन में लाख-लाख केस निकलsता त बुझाता कि मामला गबड़ाई. हम फिल्म इंडस्ट्री में जेकरा से बतियवनी ह, ओकरे मुँह लटकल बा.सिनेमाहाल में पूर्ण तालाबंदी त नइखे बाकिर लोग तनी डेराइये के जाता काहें कि कवनो भरोसा नइखे, कहाँ कोरोनवा बइठल होखे. वैक्सीन भी तेजी से लगावल जा रहल बा बाकिर बढ़त केस के देख के महाराष्ट्र में त नाइट कर्फ्यू बटले बा, दिल्ली में भी अब लाग गइल. एकर माने जवन भी बिजनेस होई उ दिन में होई. अगर पिछला साल ओटीटी प्लेटफॉर्म के ऊपर दर्शक वर्ग के झुकाव आ सब्स्क्रिप्शन के देखल जाव त ई सिनेमाघर खातिर डबल चिंता के विषय बा. एक त अइसे कोरोना बिजनेस कम कइले बा, ऊपर से दर्शक अपना घर में बइठल अपना सुविधा के अनुसार कंटेन्ट देख सकेला. अब बड़-बड़ फिल्म जइसे लक्ष्मी, गुलाबो सिताबो, अंग्रेजी मीडियम, दुर्गामती, दिल बेचारा आदि ओटीटी पर ही रिलीज हो गइल आ लोग घर हीं नया फिलिम देख लेहलस.इ त बात भइल फिल्म आ सीरियल के, जेकर ज्यादातर शूटिंग बंबई में होला आ उहाँ कोरोना के मार सबसे तेज बा जेकरा चलते शूटिंग के काम लगभग बंद बा भा बंद हो रहल बा आ एकरा कारण एह इंडस्ट्री से जुड़ल एगो बड़ जनसंख्या के सामने फेर से पिछला साल लेखां बेरोजगार होखे के नौबत आ गइल बा. जइसे अउरी इंडस्ट्री में नियोक्ता भा सरकार के तरफ से मदद मिलेला, फिल्म इंडस्ट्री के उ नसीब नइखे. अभियो कलाकार लोग के यूनियन के छोट मोट मदद के आस में रहे के पड़ेला जवन मिली कि ना पता नइखे. हमरा जानकारी में पिछला साल बहुत बड़ संख्या में शूटिंग से जुड़ल कलाकार, टेकनीशियन, मजदूर बेरोजगार हो गइलें आ या त घरे लवटे पर मजबूर भइले भा रोजी-रोटी खातिर कुछ अउर करे लागलें. दुर्भाग्य से फेर उहे दिनवा आ गइल ए चनेसर… फेर ओइसने माहौल बन रहल बा. आइल रहनी ह जा मुंबई एक्टिंग करे बाकिर कोरोनवा के एक्टिंग के आगे सबकर एक्टिंग भुला गइल बा. आज विश्व सबसे बड़ विलेन इहे बा.

पिछला साल एकरा चलते अनुमानतः फिल्म इंडस्ट्री के लगभग 1500 करोड़ रूपिया के चूना लागल रहे आ फेर एहू साल हालत खराबे लागत बा. अब त रामे मालिक बाड़े. रामनमियो आवते बा. राम करस सब जल्दिये ठीक होखे.
( लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य और सिनेमा के जानकार हैं. )



Source by [author_name]

Avatar

Leave a Reply